राम-राम! काका, काकी, भइया, भउजी, बाबू अउर बबूनी लोग।का होत जाता? सब बढ़िया बा नू। कल्हियाँ रमेसर काका ब भेंटा गइल रहली। अस्पताले से लौटल रहली। बतावत रहली की सुगर बढ़ि गइल बा। अरे एतने ना कोलेस्ट्रालो बढ़ि गइल बा। डाक्टर साहब खाँचीभर दवाई देले बाने खाए खातिर।
रउरो सब की आस-पास केतने काका-काकी, भाई भउजी होई लोग जे सुगर, कोलेस्ट्राल आदी से परेसान होई लोग। तँ आईं कईगो पत्रिकन, बेबसाइटन पर दिहल गइल लेखन के सार हम इहाँ प्रस्तुत करतानीं जवने में इ बतावह गइल बा की लहसुन की उपयोग से सुगर, कोलेस्ट्राल आदि के घटावल जा सकेला अउर ए बेमारियन से छुटकारा पावल जा सकेला।
लहसुन में गुन बहुत बा, खाईं एके रोजो,स्वाद त मिलबे करी, फिट रही सरीरो।
लहसुन के माया अपरंपार बा। खाली लहसुने के ना प्रकृति प्रदत्त हर एक बस्तुअन के। खैर हम इहाँ लहसुन के गुन बता रहल बानी। लहसुन खाली एगो मसाला ही ना, खाली एकर परयोग भोजन में स्वादे ले आवे खातिर ना कइल जाला, ए के खइले से केतने बेमारी लगे ना भटकेला लोग, अरे एतने ना अगर कुछ बेमारी पासो आ गइल लोग त दुम दबा के भागि जाला लोग।
प्राचीन काल से आपन पुरखा-पुरनिया लोग लहसुन के परयोग करत चलि आइल बा लोग। लहसुन में जटिल यौगिक जइसे एमीनो एसिड; कैल्सियम, पोटैशियम, जइसन खनिज; बीटामीन सी अउर बी6; फोलिक एसिड; ग्लूकोज आदि पावल जाला।
हृदय संबंधी रोगन के दूर कइले में लहसुन रामबान बा। बढ़ल ब्लड प्रेसर, सुगर अउर कोलेस्ट्राल के घटावे में इ बहुत बड़हन भूमिका निभावेला। लहसुन एलडीएल (LDL) में बढ़ोत्तरी के रोकेला अउर एचडीएल (HDL) के स्तर के बढ़ावेला जवने की वजह से हृदय ठीक से काम करेला।
लहसुन केंसर विशेषकर छाती, पेट, मूत्राशय अउर प्रोस्टैट ग्रंथि की केंसर की रोकथामों में बहुत कारगर ह। लहसुन सरीर की प्रतिरोधक छमता के भी बढ़ावेला। एतने ना गर्भिणी महिलावन खातिर भी लहसुन बहुते फायदेमंद ह पर एगो बात के सदा धेयान राखे के चाहीं- गर्भिणी महिला लोगन के लहसुन के सेवन बहुत अधिका ना करे के चाहीं, काँहे कि इ खून के पातर क देला जवने की वजह से रक्तश्राव अधिका हो सकेला।
लहसुन खइले से सबसे बड़हन नोकसान इ बा कि ए से मुँहे से बदबू आवे लागेला अउर एतने ना साँसो अउर सरीर से भी तनि बदबू पैदा होखे लागेला। बदबू से बचे खातिर एकर सेवन दूधे की साथे करे के चाहीं।
सेवन के तरीका- काँच लहसुन जेयादे फायदा करेला। त एगो काम करीं सुते जाए की समय लहसुन के 2-3गो दाना कूँचि के खा लीं।
-प्रभाकर पाण्डेय
सोमवार, 27 जून 2011
लहसुन में गुन बहुत बा, खाईं एके रोज
सदस्यता लें
टिप्पणियाँ भेजें (Atom)

3 टिप्पणियाँ:
Lowers blood pressure.
• Lowers LDL Cholesterol.
• Lowers plaque buildup in the arteries.
• It lowers and helps to regulate blood sugar.
• It helps prevent clots from forming.
• Helps prevent cancer and can reduce size.
• Garlic can remove mercury and other metals from the body.
• Garlic is a natural antibiotic and kills bacteria.
• It has anti-fungal and viral properties.
• It can reduce yeast infections.
• It has anti-oxidant properties and selenium.
Excellent about garlic
Dear Pandey ji
I am in pune .
Contact me by mail & Tel no.asap
vntripathi1949@hotmail.com
बहुत बढ़िया बटे जानकारी.लहसुन तै कई बीमारी के दुरे भगावे ला. ..... भोजपुरिया के समर्पित ई ब्लॉग के कौनो सानी नईखे . बस लगल रहा भइया.
एक टिप्पणी भेजें