जय बिहार। बिहार के हो रहल बा चहुँदिस विकास। अब देखीं न पूरा भारत में बिहारे एगो एइसन राज्य बा जहाँ रउआँ आनलाइन आरटीआई के उपयोग क सकतानी। बा न इ सराहनीय काम। ए सुविधा के छोट मत समझीं, हर तरे से एकर मायने बहुत महत्त्व के बा। रउआँ सूचना की अधिकार खातिर आनलाइन आवेदनो क सकेनीं। अरे एतने ना रउआँ कहीं से भी 155311 पर फोनवो क के आपन आवेदन दर्ज करवा सकेनीं।
इ बिहार खातिर गर्व के बात बा। काहें की इ सुविधा अबहिन ले केंद्रो (भारत सरकार) में उपलब्ध नइखे। बिहार सरकार जवनेगाँ साकारात्मक सोंच की साथे बिहार की विकास में लागल बिया ओसे से इहे लागता की एकदिन बिहार भारत के सबसे बिकसित राज्य के दर्जा हासिल करी अउर हर भारतीयन के मुँह से निकली- नीतिश सरकार तूझे प्रणाम। त आईं रउओं तनि एक बेर अउर कस के बोलीं- जय नीतिश, जय बिहार।।
0 टिप्पणियाँ:
एक टिप्पणी भेजें