भोजपुरी गीतन के आनंद लीं

Loading...

बुधवार, 25 मई 2011

मनोज भावुक ‘राही मासूम रज़ा सम्मान’ से सम्मानित


वाराणसी में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मलेन क प्रांतीय अधिवेशन में भोजपुरी भाषा के समर्पित युवा साहित्यकार मनोज भावुक के भोजपुरी साहित्य अउर भोजपुरी फिल्म क छेत्र में उल्लेखनीय योगदान खातिर राही मासूम रज़ा सम्मान से नवाजल गइल। उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउर कांग्रेस सांसद जगदम्बिका पाल, भावुकजी के राही मासूम रज़ा सम्मान से सम्मानित कइने।
मनोज भावुक की रचनन की बारे में टिप्पनी करत विश्व भोजपुरी सम्मलेन के उत्तर प्रदेश इकाई के अध्यक्ष डॉक्टर अशोक सिंह कहने, "2 जनवरी 1976 के सीवान (बिहार) में जनमल अउर रेणुकूट (उत्तर प्रदेश) में पलल-बढ़ल मनोज भावुक भोजपुरी के सुप्रसिद्ध युवा साहित्यकार हउअन। पिछला 15 सालन से ऊ देश अउर देश की बाहर (अफ्रीका अउर यूके में) भोजपुरी भाषा, साहित्य अउर संस्कृति की परचार-परसार में सक्रिय भूमिका निभवले की साथे-साथे भोजपुरी सिनेमा, नाटक आदि के इतिहास पर कइल गइल अपनी समग्र शोध खातिर भी पहिचानल जाने। अभिनय, एंकरिंग अउर पटकथा लेखन आदि विधावन में गहरी रुचि राखे वाला भावुक दुनिया भर में भोजपुरी भाषा के समर्पित अनेक संस्थन के संस्थापक, सलाहकार अउर सदस्य भी हउअन।" 
तस्वीर जिंदगी के (ग़ज़ल-संग्रह) अउर चलनी में पानी (गीत- संग्रह) मनोज के चर्चित पुस्तक हईंकुल। तस्वीर जिन्दगी केत एतना लोकप्रिय भइल की एकर दूसरा संस्करण भी परकासित करे के परल। एतने ना ए किताब के बरिस 2006 के भारतीय भाषा परिषद सम्मान से भी नवाजल जा चुकल बा। मनोज भावुक भोजपुरी भाषा में उल्‍लेखनीय योगदान खातिर पंडित प्रताप नारायण मिश्र स्‍मृति-युवा साहित्‍यकार सम्‍मान २०१० अउर भोजपुरी नाटकन पर विशेष शोध खातिर भिखारी ठाकुर सम्मान २०११ से नवाजल जा चुकल बाने। 

0 टिप्पणियाँ: