
सुनित कुमावतजी मूलतः राजस्थानी फिलमन के निर्देसन करेनी। इहाँ के निर्देशन में बनल ‘हिवड़े सूं दूर मत जा’ राजस्थानी फिलिम के दर्शकन के काफी अच्छा प्रतिसाद मिलल रहे अउर इ फिलिम सुनित कुमावतजी के निर्देशन छमता के लोहा मनवा देले रहे। सुनितजी दु गो अउर राजस्थानी फिलमन के निर्देशन करतानी। ए फिलमन के नाव बा- ‘राज बण गयो एम. एल. ए.’ अउर ‘मैं तो बण गई राजस्थानी’।
एतने ना सुनितजी लगभग 20 बरिस से फिलिम उद्योग से जुड़ल बानी। इहाँ का
सह-निर्देशक अउर मुख्य सहायक की रूप में के.सी. बोकाड़ियाजी
की साथे आज का अर्जुन, फूल बने अंगारे, तेरे दिवाने, खुदा कसम जइसन हिंदी फिलमन में सहयोग कइले बानी।
भोजपुरी फिलिम “अपने-बेगाने” में इहाँ की काम के परसंसा सब लोग क रहल बा। इहाँ के कहनाम बा की निर्देशक खातिर भाषा के कवनो बंधन ना होला, उ त सीन के अपनी हिसाब से समझि के सूट क लेला।
उहाँ द्वारा निर्देशित “अपने-बेगाने” भोजपुरी फिलिम सफल बा अउर ए के देखे खातिर दरसकन के हुजुम सिनेमा हालन की ओर टूट रहल बा। ए फिलिम में मनोज तिवारी, मोनालिसा, विक्रांत, कल्पना शाह आदि के परमुख भूमिका बा। ए फिलिम में मनोज तिवारी के हिरोइन मोनालिसा बाड़ी अउर ए में मनोज
तिवारी एगो बड़ भाई के रोल क रहल बाने जवन अपनी छोट भाई की तरक्की खातिर आपन सबकुछ दाँव पर लगा देता पर छोट भाई एतना सब कइले की बादों अपनी बड़ भाई के परवाह नइखे करत अउर बेगाना हो जाता। ए फिलिम के के.सी. बोकाड़ियाजी प्रजेंट कइले बाने अउर एकर निर्माता ललित मोदीजी बाने।
(1हिला फोटो में मनोज तिवारी अउर मोनालिसाजी- अपने बेगाने में)
(2सरा फोटो में सुनित कुमावतजी प्रियंकाजी की साथे)
0 टिप्पणियाँ:
एक टिप्पणी भेजें