नई दिल्ली। 'भोजपुरी सिनेमा के पचास साल : २५ चर्चित फिल्में'। जी हाँ हम बात क रहल बानी पत्रकार अउर भोजपुरी सेवी कुलदीप श्रीवास्तव द्वारा लिखल ए किताब के, जवने के विमोचन पूर्व राष्ट्रपति डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम की हाथ से हिंदी भवन की सभागार में भइल। ए सुअवसर पर हरिभूमि के संपादक श्री हिमांशु द्विवेदी अउर कार्टून वाच के त्रिंबक शर्माजी भी मवजूद रहनीं।
ए किताब में भोजपुरी फिल्मन के 50 साल के सफरनामा पर बहुत ही रोचक अउर यथार्थता की साथे परकास डालल गइल बा। ए महत्त्वपूर्ण किताब के लेखक कुलदीप श्रीवास्तवजी बिहार की सीवान जिला के रहेवाला हईं अउर पिछला कई सालन से भोजपुरी से जुड़के ओकर सेवा करत आ रहल बानी। भोजपुरी की विकास में इहाँ के अविस्मरनीय योगदान बा।

ए किताब में बहुत सरल अउर रोचक भासा में भोजपुरी फिल्मन, गानन आदि की बारे में एगो सटीक जानकारी प्रस्तुत कइल गइल बा। ए किताब में ए बात के भी जिक्र बा की दीलीप कुमार की 'नदिया के पार' के आठो गाना भोजपुरिए में रहे। पहिला भोजपुरी फिलिम 'गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो' के साथ ही अन्य भोजपुरी के मानल-जानल फिल्मन, लागी नहीं छूटे राम, धरती मइया, बिदेसिया, बालम परदेसिया, दगाबाज़ बलमा जइसन 25 फिल्मन के बारे में एगो क्रमबद्ध अउर तार्किक जानकारी देहल गइल बा, ए फिल्मन के भोजपुरी सिनेमा की विकास में अहम योगदान बा। ए किताब में रचनाकार भोजपुरी की वास्तविकता के समेटले बा। ए किताब की माध्यम से रचनाकार एहु बात के बहुत गंभीरता अउर तार्किकता की साथे पेस कइले बा की इ बात निराधार अउर सच्चाई से परे बा की भोजपुरी फिल्मन में खाली अश्लीलता भरल रहेला।
ए किताब से इहो स्पष्ट बा की भोजपुरी फिल्मन के आपन एगो अलगे इतिहास बा अउर मनोरंजन की साथे-साथे भोजपुरिया कला, संस्कृति, रहन-सहन के प्रस्तुत करत इ फिलिम दर्शकन के एगो स्वच्छ संदेस दे जानीसन।
कुलदीपजी ए किताब की सफलता के श्रेय अपनी बड़ भाई अउर गुरु श्री मनोज श्रीवास्तवजी 'भोजपुरिया गुरु' के देत कहनी की बिना उहाँ की मार्गदर्शन अउर आशिरबाद के हम ए महान कार्य में सफल ना हो पवले रहतीं।
कुलदीपजी से ए पता पर संपर्क कइल जा सकेला-
kuldeep Kumar, Editor
www.mediaclubofindia.com, www.purvanchalexpress.com
BHOJPURI SANSAR PATRIKA - DELHI
पता-
23/116, Veer Sarvarkar Block
(Near Janta Book Depo), Main Vikash Marg, Shakarpur, Delhi - 110092
Mobile no. 9891414433
Phone: 011-43022731, 42444321
4 टिप्पणियाँ:
बहुत बधाई.
प्रभाकर भाई अउर का हाल बा. अपना नया मोबाइल नंबर दीजिए...मुझे आपसे बात करनी है. आपका पुराना नंबर नहीं लग रहा है.
कुलदीप जी के बहुत सारा धन्यवाद.
dhanyabad devendra aur diwakar ji...
bahut ache
एक टिप्पणी भेजें